Followers

Friday, May 10, 2019

बईठा मेड पे किसनवा

बईठा मेड पे किसनवा बतावे बतिया,
देखि के खेतवा का हाल आपन पीटे छतिया;

दिन दिन इतना, मेहनत कईले,
भुखिया पियसिया सब तजि देहले;
टूटल आज विधाता से, लागल असिया
बईठा मेड पे....................

सुतवा पे कईसो अनाज लेइ अउले,
खेतवा भराई जोताई कई पउले;
भूखा सारा परिवार सोई सारी रतिया,
बईठा मेड पे..........................

सारा परिवार का एक ही सहारा,
सब कुछ लुटायल न होई है गुजारा;
कईसन भूल भा जा हम पर लगाये घतिया
बईठा मेड पे..................................

पिछवा से उनकर बहुरि आई गईली
साईंया का दुःख देख आँख भर अइली
बोली भाग्य पे न बाटे कौनो बस सथिया
बईठा मेड पे.................................       

No comments:

Post a Comment